रवि कश्यप के नसीब कइसनो होखे बाकिर लड़िकियन का मामला में अभी तक उ फिसड्डी ही साबित भइल बाड़े लेकिन लागऽता कि अब रवि कश्यप के नसीब अंगडाईयाँ लेत बा और ली भी काहे ना जब "नसीब" में आइटम के जगेह पर आईटम बम दाखिल हो जाइ, त इ मामला त जमही के बा।
"नसीब" में ई आइटम बम बन के आइल बाड़ी संभावना सेठ अब एह से नसीब कहे ना बदली और जब संभावना बाड़ी तब दिल के मरीजन के परखच्चा त उड़ही क बा। बाकिर सवाल ई बा कि खुद रवि कश्यप एह बम के सम्हरिहें कइसे ? चुलबुल पांडे के राजाजी बनाके लाइम लाईट में ले आवे के कारनामा कर देखावेवाला रवि कश्यप के दिल वइसे त बहुते मजबूत बतावल जाला अब देखे के बा कि कद्रदानन के दिल हड़पे खातिर ए आइटम गर्ल के जुगाड़ करे वाला रवि कश्यप खुद एह "अटैक" से कइसे निबटत बाड़न ?
Fore more-
http://www.440bholt.com/
http://440bholtage.blogspot.in/
www.facebook.com/440bholtage

No comments:
Post a Comment