Friday, 18 May 2012

पी.चिदंबरम के अदा के कायल भइले रवि किशन



फिल्म जगत भोजपुरीया के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन गृह मंत्री पी. चिदंबरम द्वारा संसद में भोजपुरी में बोले के स्वागत कइले और कहले की अब भोजपुरी के आठवी अनुसूची में शामिल करे के मार्ग प्रशस्त होत दिख रहल बा. बीकानेर में हिंदी फिल्म के शूटिंग में व्यस्त रवि किशन के अनुसार संसद की कार्यवाही के दौरान उनका टेलीविजन पर कभी भी गृह मंत्री पी. चिदंबरम के राष्ट्रभाषा हिंदी में बात करते ना देखले लेकिन आज भोजपुरी के आठवी अनुसूची में शामिल किये जाये के मसला पर उ भोजपुरी में आश्वासन देकर देश – विदेश के करोडो भोजपुरि लोगन के दिल जीत लिहले. रवि किशन के अनुसार , भोजपुरी भाषा ना सिर्फ समृद्ध बल्कि ओकर वैभवशाली इतिहास रहल बा लेकिन अभी तक इस भाषा के आठवी अनुसूची में शामिल ना किल गइल दुर्भाग्यपूर्ण बा. उ आगे कहले की आज के चिदंबरम के अंदाज़ से यह साफ़ हो गया है सरकार ने अब मन बना लिया है की वो जल्द से जल्द भोजपुरी भाषा को संवैधानिक मान्यता दे.





No comments:

ad- shoot

ad- shoot