भोजपुरी फिल्म नायक व गायक मनोज तिवारी वन्दे मातरम् खातिर आपन आवाज़ देहले। मनोज तिवारी सहित शंकर महादेवन, पंडित विश्व मोहन भट्ट,सोनू निगम सुनिधि चैहान और संगीत जगत के 21 महान विभूति राष्ट्रगीत "वंदे मातरम्" के नया संस्कण के खातिर अपना स्वर और सुर देहले बाड़े। राष्ट्रगीत "वंदेमातरम" के नया संस्करण के संगीत कंपनी 'विकौन म्यूजिक' जारी कइले बा। वंदे मातरम के नया संस्करण में स्वर दहल निश्चित ही मनोज तिवारी के एक बड उपलब्धि ह। वंदे मातरम में स्वर देके मनोज तिवारी बहुत उत्साहित बाड़े। वंदे मातरम के नये संस्करण के प्रसीद्ध संयोजक विक्रम घोष कंपोज कइले बाड़े।
विक्रम घोष के कहना बा कि "वंदे मातरम के इ वर्जन विचारशील और दार्शनिक बा। आजादी के 64 साल बाद एह राष्ट्रगीत को नया फ्लेवर में प्रस्तुत कईल जा रहल बा"।
for more- www.440bholt.com
No comments:
Post a Comment