दाना मुरगी दाना दे, पीपरी पराना दे
जेकरा मे गोटी परे, से चले भाग रे...
दाना मुरगी दाना दे...
छप्पर पर तो मोर नाचे, उपर बोले कउवा
बाग-बगइचा लइकन खेले, गुल्ली डंडा लउवा
दाना मुरगी दाना दे...
अगल-बगल में लत्ता, बीच में कलक्टर
खेत जोत के बोझा लेले, आइल रे कंडक्टर
काना मुरगी खाना दे, बडका खाना दाना दे
जेकरा में गोटी परे, से चले भाग रे
दाना मुरगी दाना दे...
ओका-बोका तीन तडोका
लउआ लाठी काठी
बना नहा के बारा एगो
आइल चल के हाथी.
हाथी मुरगी पानी दे
बारा हाथी दानी दे
जेकरा में गोटी पडे, से चले भाग रे...
दाना मुरगी दाना दे...
तार काटो तरकुल काटो, काटो रे बनखाजा
हांथी घोडा कर के आये, रानी बिंदिया राजा
रोली-रोली गोली दे, आरती के होली दे
जेकरा में गोटी पडे, से चले भाग रे
दाना मुरगी दाना दे...
No comments:
Post a Comment