मनोज तिवारी करिहें आई-नेक्स्ट के खिलाफ मानहानि के दावा
भोजपुरी फिल्म नायक व गायक मनोज तिवारी उत्तर प्रदेश और बिहार के समाचार पत्र आईनेक्स्ट के मानहानि के नोटिस भेजे के निर्णय लेले बाड़े।समाचार पत्र मनोज तिवारी पर अपना पत्नी के खिलाफ मनमानी करे के आरोप लगैले बा की मनोज तिवारी अपना पत्नी रानी के नाम के सारा प्रापर्टी अपना नाम ट्रांसफर कराते जा रहल बाड़े। ऐ विषय पर दोनों के बीच काफी विवाद बा, मगर रानी के एक नइखे चालत । समाचार पत्र इ भी लिखले बा कि मनोज तिवारी वाराणसी के कौशलेश नगर के मकान के अपना इकलौती बेटी के नाम पर करे के अपना वादा से भी मुकर गैएले।
समाचार पत्र लिखले बा कि मनोज तिवारी के ध्यान फिल्म के साथ-साथ अब अपना पोलिटिकल कैरियर पर भी बा । एकरा खातिर उ रानी तिवारी से चल रहल तक़रार के पूरा तरह से ख़त्म करे के चाहत बाड़े कि बाद में कौनो इश्यू न बने। एह मामला में मनोज तिवारी के प्रवक्ता शशिकांत सिंह एक प्रेस रिलीज जारी कर कहले बाड़े कि समाचार पत्र आई-नेक्स्ट आए दिन मनोज तिवारी के छवि के खराब कर रहल बा और जानबूझ के मनगढ़ंत बात प्रकाशित करता । एह मामला में मनोज तिवारी की ओर से आईनेक्स्ट समाचार पत्र के मानहानि के नोटिस भेजने का निर्णय लीहल गईल बा जिससे मनोज तिवारी के खिलाफ उपरोक्त समाचार पत्र गलत और मनगढ़ंत ख़बरें छापल बंद कर दे।
No comments:
Post a Comment