Sunday, 29 January 2012

bhojpuri ko sanwidhaan ke 8 vi anusuchi me saamil kyo nhi kiya jaye......??????





Is map ko gaur se dekhe,ye map h jaha bhojpuri boli jaati h,,or hme btaye ki bhojpuri ko sanwidhaan ke 8 vi anusuchi me saamil kyo nhi kiya jaye......??????

By- Abhishek Singh

Friday, 27 January 2012

Jai Bhojpuri Jiya Bhojpuri


भोजपुरी बोलल जायेला : भारत, नेपाल, माँरिशस, नेदरलैंड्स, फिजी, गुयाना, सेंट विसेंट आ ग्रेनाडिंस, बार्बाडस, त्रिनिदाद आ टोबैगो, सिंगापुर, संयुक्तराज, ब्रिटेन, रियूनियन, सूरीनाम
क्षेत्र : नेपाल, बिहार, उत्तर प्रदेश, झारखंड, आसाम, दिल्ली, पश्चिम बंगाल
बोले वालन के संख्या : 26.6 करोड़
भाषा परिवार 1. इंडो यूरोपियन
... 2. इंडो आर्यन 3. पूर्वी समूह 4.... इंडो ईरानी 5. बिहारी 6. भोजपुरी
लिपी : देवनागरी, कैथी
भाषा कोड : ISO 639 - 1 bh
ISO 639 - 2 bho ISO 639 - 3 bho
etana jagah Bhojpuri ke pakad ba aur bolal jala !
Jai Bhojpuri Jiya Bhojpuri

दाना मुरगी दाना दे, पीपरी पराना दे





दाना मुरगी दाना देपीपरी पराना दे
जेकरा मे गोटी परेसे चले भाग रे...
दाना मुरगी दाना दे...
छप्पर पर तो मोर नाचेउपर बोले कउवा
बाग-बगइचा लइकन खेलेगुल्ली डंडा लउवा
दाना मुरगी दाना दे...
अगल-बगल में लत्ताबीच में कलक्टर
खेत जोत के बोझा लेलेआइल रे कंडक्टर
काना मुरगी खाना देबडका खाना दाना दे
जेकरा में गोटी परेसे चले भाग रे
दाना मुरगी दाना दे...
ओका-बोका तीन तडोका
लउआ लाठी काठी
बना नहा के बारा एगो
आइल चल के हाथी.
हाथी मुरगी पानी दे
बारा हाथी दानी दे
जेकरा में गोटी पडेसे चले भाग रे...
दाना मुरगी दाना दे...
तार काटो तरकुल काटोकाटो रे बनखाजा
हांथी घोडा कर के आयेरानी बिंदिया राजा
रोली-रोली गोली देआरती के होली दे
जेकरा में गोटी पडेसे चले भाग रे
दाना मुरगी दाना दे... 

Monday, 23 January 2012

सोनू निगम के भोजपुरी प्रेम






बहुत ख़ुशी भईल सुन के की सोनू निगम अब भोजपुरी भाषा में गाना गावत बड़े.. नीक बात इ बा की बौलीवूड और ओउर लोग भी अब भोजपुरी के महत्व दहल शुरू करत बा.

Sunday, 22 January 2012

"उतरा प्यार का बुखार जब पड़ी महंगाई की मार"




"उतरा प्यार का बुखार जब पड़ी महंगाई की मार"

Thursday, 19 January 2012

सुर संग्राम - कॉम्पटीशन या टी.आर.पी नीति



सुर संग्राम - कॉम्पटीशन या टी.आर.पी नीति


 

भोजपुरी भाई बहीन और दोस्त लोग के परनाम ... इ हम ए से लीखीतानी की आप लोग ध्यान दीही .. 

    त मुद्दा के बात इ बा की महुआ टी.वी पर प्रसारीत होखे जा रहा रिअलिटी शो  सुरों के संग्राम मे जवन यू.पी.,बिहार और झारखंड के विभाजित कल गायिल बा, उ ठीक नइखे ... कहे की जब हमनी स्कूल मे शिक्षा लेवे जा तब गुरु जी लोग हमनी के स्टेट के हिसाब से न पढ़ावत रहले...और इ त उहे बात हो गयल के एक माँ के तीन बेटा के अलग कर दहल गईल .. उम्मीद बा के आप लोग इ बात पर जरूर ध्यान देहेब ... एही सब से आपस मे द्वेष पैदा होला ... महुआ टीवी अपना टी. आर .पी  खातीर ब्रिटिश के " फूट डालो राज करो" नीति अपना रहल बा ...और आप लोग के इ त मालूम हो होए के सुर संग्राम २ मे पटना के गाँधी मैदान मे का भइल रहे... रउरा लोग सोचत होखेम हम इ सब कहे कह तानी हमनी भोजपुरी हई लेकिन ओकरा साथ साथ एक भारतीय भी हई... अपना आप के विकसित करे खातिर विभाजन नीति अपनावल हमनी के भारतीय संस्कार मे नइखे ... 

    अगर रउरा लोग हमरा से सहमत बानी तब आपन राय जरूर दे...

    Wednesday, 18 January 2012

    chidiyaghar - best of luck garima productions


    CHIDIAGHAR (SAB TV- BEST OF LUCK GARIMA PRODUCTIONS

    Anil ji,Rajpal sir,Rahul ji & Amin Bhai 

    ( Amin Bhai , Raajpal Sir, chidiyaghar Team)


    चिडियाघर के सेट से- सब टीवी पर प्रसारित हो रहल धारावाहिक चिडियाघर के टी.आर.पी. दूसरा नंबर पर आ गइल बा, नंबर एक पर "तारक मेहता का उल्टा चश्मा" सीरियल बा... "440Bholtageपरिवार के तरफ से टीम चिडियाघर के हार्दिक बधाई 

    Tuesday, 17 January 2012

    IMPORTANT NEWS



    440Bholtage is glad to receive the response from you.440Bholtage is in the process of upgrading its artist’s profile.All those artists, who are interested to act in upcoming serial or ad-films, please go through the following information carefully.

    • Applicants who are interested to go for audition for upcoming R2TV serial (production no: 4) need to send their portfolio and CV along with the amount of Rs 10,000/- for platinum category & Rs. 3000/- for silver category (Cheque or DD in favor of “Road2tinselville" payable at Mumbai). This will include the charges for auditions as well as for the registration to 440Bholtage.
    • Applicants have to pay the registration amount, otherwise their portfolio will not be considered for audition.
    • Only the applicants sending their CV and the Registration amount would be considered for short listing their names for audition for the upcoming R2TV/440bholtage serial.
    • Candidates will be called for AUDITION IN MUMBAI. (Details will be sent to them later). They have to bear the expenses on their own.
    • Artists selected in the audition would be considered for appropriate roles in the upcoming serial/ad- films/Music albums. These candidates will then go through the required training.

    IMPORTANT
    1.       Unpaid applicants & CV without portfolio will not be entertained in anyway.
    2.       Those who are not selected in serial audition shall not look forward to ask 440Bholtage for the same and  440Bholtage will not be responsible to revert them for the serial but these applicants being the members of 440Bholtage would be considered for any of the other ventures being produced by Road2tinselville/440Bholtage. It could be Print Ads, Ad Films, Other Serials, Albums and Movies.

    BENEFIT OF REGISTRATION:
     All paid applicants will be the members of 440Bholtage/Road2tinselville and would be considered automatically for our other production ventures. This membership will be for one year with 440Bholtage.
    For any of the further queries please feel free to contact our helpline no +91-9506080000

    Monday, 16 January 2012

    OUR ALBUMS


    OUR ALBUMS



    440Bholtage feels proud to voice for its albums which received an overwhelming response from the audience. The 4 hit ever demanding musical BHOJPURI ALBUMS that made us accustomed to be in demand are- 
    •  MAIYA KI CHUNARI
    • MAIYA KA SANESWA
    • PARIYON KI RANI
    • CHAL DELA KANWAR UTHA KE.
    The albums are adorned with lyrics, music and rejuvenating moods altogether laid beautifully into hit and popular albums 

    Maiya ki chunari consists of mesmerizing numbers devoted to MAA DURGA sung by Dinesh Sharma, Sandhya Mukherji and M.Shashi Mishra

    Maiya Ka Saneshwa is beaded with soothing bhajans of DURGA MAA evoking the devotee’s emotions voiced by singer Vivek Pandey. 

    Pariyon ki rani is laid with sweet and peppy numbers sung by Dinesh Sharma, Rina Pandey 


    Chal dela kaanwar utha key is a devotional musical album dedicated to LORD SHIV by singers Vivek Pandey and Shashi M Mishra.


    RICHA SONI OF " BHAGYA VIDHATA " FAME


    RICHA SONI OF " BHAGYA VIDHATA " FAME

    Congratulating Richa Soni for her success
    We congratulate Richa Soni for her awesome entry in ‘Bhagya vidhata’ serial being aired on Colors channel.
    Her screen performance evokes our memories of simple next door girl who left an impact on us with her beautiful heart. We still remember her enthusiasm to work in the world of glitz and glamour and her will to make a career as an actress. We feel proud to see her stepping into same career and success of her serial ‘Bhagyavidhata

    It is a matter of happiness to see her performance on a top rated channel and her panache at acting in the serial.

    kiran kumar giving best wishes to road2tinselville.com


    THIS COULD BE YOU








    Friday, 13 January 2012

    पवन सिंह पर जानलेवा हमला





    भोजपुरी अभिनेता पवन सिंह पर जानलेवा हमला के इरादा से उनकर पूर्व सचिव दिलीप गांगुली फिल्मसिटी में उनका एक फिल्म के शूटिंग के दौरान कुछ गुंडा भेजले, लेकिन उ अपना नापाक इरादा में कामयाब न भइले। फिल्म के निर्माता आर.एस.दुबे और पवन सिंह इ मामला के शिकायत गोरेगांव के आरे पुलिस स्टेशन में करईले बाड़े। समाचार लिखे जाऐ तक पुलिस कानूनी  खानापूर्ति करत रहे। ज्ञात जानकारी के अनुसार ,पवन सिंह फिल्मसिटी में आर.एस.दुबे प्रोडक्शन व नाइसा क्रियेशन के बैनर तले बन रहल फिल्म गंगापुत्र के आखिरी दिन के शूटिंग करत रहले। दोपहर ढाई बजे अचानक कुछ लोग सेट पर अइले और गाली गलोच शुरू कर दिहले। यूनिट के लोगो के विरोध के वजह से उ लोग देख लेवे  के धमकी देवे के बाद उहाँ से चल गइले। पवन सिंह पर हमले के इरादे से गुंडा उनकर ही पूर्व सचिव दिलीप गांगुली भेजले रहले। गांगुली साल २००८ में पवन सिंह के सचिव रहले गांगुली के कहना बा की उनकर कुछ रूपया पवन सिंह पर बकाया बा। एह घटना से आहत फिल्म के कार्यकारी निर्माता आदित्य दुबे पवन सिंह के  लेके आरे पुलिस स्टेशन गईले और उहाँ दिलीप गांगुली के खिलाफ बुरा बर्ताव करे और हमला का इरादा से गुंडा भेजे के मामला दर्ज  करईले।

    Thursday, 12 January 2012

    मनोज तिवारी के मधुर स्वर अब हिन्दी फिल्म में भी सुनायी दी

    मनोज तिवारी के मधुर स्वर अब हिन्दी फिल्म में भी सुनायी दी



    भोजपुरी फिल्मों के नायक व गायक मनोज तिवारी के मधुर स्वर अब हिन्दी फिल्म में भी सुनायी दी। 'नो स्मोकिंग', 'गुलाल' और 'देव डी' जइसन फिल्म के जाने माने निर्देशक अनुराग कश्यप ने अपना आगामी हिन्दी फिल्म 'गैंग ऑफ़ वास्सेपुर' के खातिर मनोज तिवारी के स्वर में पिछले दिनों एक गाना रिकार्ड करइले। इ गाना फिल्म के क्लाइमेक्स होइ। जौन मनोज वाजपेयी के ऊपर फिल्माइल जाइ। एह गाने के बोल बा 'जियो रे बिहार के लाला, जियो तू हजार साला'। एह गाना के लेकर अनुराग कश्यप बहुत उत्साह में बाड़े। उनकर कहना बा कि " मनोज तिवारी  जी की लोकप्रियता ने मुझे प्रेरित किया और  मनोज तिवारी  से मैंने अपनी फिल्म में यह गाना गवाया।"  एह गाना के रिकार्डिंग के समय अनुराग कश्यप खुद स्टूडियो में मौजूद रहले। जैसे ही इ गाना मनोज तिवारी गइले अनुराग कश्यप मनोज तिवारी के गले लगा लिहले और कहले कि " मनोज जी आपने कमाल कर दिया।"  मनोज तिवारी  के कैरियर के इ पहला हिन्दी फिल्म बा जेकरा खातिर उ गाना गईले बाड़े।  मनोज तिवारी  के कहना बा - "मेरे कैरियर के 15 सालों में मैंने कभी भी किसी हिन्दी फिल्म के लिए गाना नहीं गाया। अनुराग कश्यप की इस फिल्म में पहली बार मैंने हिन्दी फिल्म के लिए गाना गाया।"
    मनोज तिवारी बहुत ईमानदारी से कहले - कि "मैं इस पहली हिन्दी फिल्म के गाने के समय काफी नर्वस था। इस गाने के लिए लगातार 15 मिनट का नान स्टाप म्यूजिक रखा गया।  मनोज तिवारी  कहते हैं इस गाने की वजह से मैं अलग टाईप का गाना गा पाया वरना लोगों को लग रहा था कि मैं सिर्फ भोजपुरी का ही गाना गा सकता हूं। वे कहते हैं मुझे बाद में पता चला कि इस बेहतरीन गाने की वजह अनुराग कश्यप का निर्देशन है। मेरे अंदर अचानक जो बदलाव आया वह आगे जाकर अलग-अलग फिल्मों में अलग-अलग सेचुएशन के लिए गाने में मदद करेगा।  मनोज तिवारी  कहते हैं बहुत जल्द कुछ और बड़े बैनर की फिल्मों के लिए गाना गाने वाला हूं।"

    मनोज तिवारी करिहें आई-नेक्स्ट के खिलाफ मानहानि के दावा

    मनोज तिवारी करिहें आई-नेक्स्ट के खिलाफ मानहानि के दावा


    भोजपुरी फिल्म नायक व गायक मनोज तिवारी उत्तर प्रदेश और बिहार के समाचार पत्र आईनेक्स्ट के मानहानि के नोटिस भेजे के निर्णय लेले बाड़े।समाचार पत्र मनोज तिवारी पर अपना पत्नी के खिलाफ मनमानी करे के आरोप लगैले बा की मनोज तिवारी अपना पत्नी रानी के नाम के सारा प्रापर्टी अपना नाम ट्रांसफर कराते जा रहल बाड़े। ऐ विषय पर दोनों के बीच काफी विवाद बा, मगर रानी के एक नइखे चालत । समाचार पत्र इ भी लिखले बा कि मनोज तिवारी वाराणसी के कौशलेश नगर के मकान के अपना इकलौती बेटी के नाम पर करे के अपना वादा से भी मुकर गैएले।
    समाचार पत्र लिखले बा कि मनोज तिवारी के ध्यान फिल्म के साथ-साथ अब अपना पोलिटिकल कैरियर पर भी बा । एकरा खातिर उ रानी तिवारी से चल रहल तक़रार के पूरा तरह से ख़त्म करे के चाहत बाड़े कि बाद में कौनो इश्यू न बने। एह मामला में मनोज तिवारी के प्रवक्ता शशिकांत सिंह एक प्रेस रिलीज जारी कर कहले बाड़े कि समाचार पत्र आई-नेक्स्ट आए दिन मनोज तिवारी के छवि के खराब कर रहल बा और जानबूझ के मनगढ़ंत बात प्रकाशित करता । एह मामला में मनोज तिवारी की ओर से आईनेक्स्ट समाचार पत्र के मानहानि  के नोटिस भेजने का निर्णय लीहल गईल बा  जिससे मनोज तिवारी के खिलाफ उपरोक्त समाचार पत्र गलत और मनगढ़ंत ख़बरें छापल बंद कर दे।

    Wednesday, 11 January 2012

    Info : Auditions for our upcoming serial "SAHAAS"

    Auditions for our upcoming serial "SAHAAS"  starts in Mumbai & U.P..... Interested candidates can send there portfolio with details @ 440highbholtage.com or call @ our helpline no +91-9506080000



    Saturday, 7 January 2012

    440bholtage.com is Social Entertainment and Talent Portal.

    ... It also caters to the need to interact socially in the digital space, to be constantly updated with the latest Entertainment News, with Celebrity Updates and market happenings.

    It is a free online classified website which gives independent professionals and businesses, a chance to promote and share their services in the field of entertainment, television, media and advertising.

    At 440bholtage you can:

    * Hire actors, writers, musicians, performers,production staff, etc.
    * Showcase your talent, portfolio, audio, video,etc. and get hired yourself !
    * Promote your entertainment, television, production related business services.
    * Join Celebrity pages and follow your favorite Celebrities, get instant updates, interact with them, etc.

    * And much more...Only on 440bholt.com

    so lets show your talent to the casting directors and producers from Film, Television & media related industries.

    Thursday, 5 January 2012

    Ye thandi hai mere yaar !!!!

    इंटरनेट पर सबसे ज्यादा सर्च कइल गइल फेसबुक


    इंटरनेट पर सबसे ज्यादा सर्च कइल गइल फेसबुक




    मशहूर सोशल नेटवर्किंग वेबसाइट फेसबुक एह साल इंटरनेट पर सबसे ज्यादा सर्च करे वाली वेबसाइट ह।

    अखबार 'द डेली टेलिग्राफ' के मुताबिक इंटरनेट पर सभी सर्च के तीन फीसदी हिस्सा अकेले फेसबुक के पास बा। ई पिछले साल के मुकाबले 15 फीसदी अधिक रहल बा। 

    Wednesday, 4 January 2012

    अंगुरी में डंसले बिया नगिनिया हे, रे ननदी दियरा जला द


    ये गीत अलग-अलग गीतकारों ने रचे हैं लेकिन इन्हें स्वर देकर मुकाम दिया भरत सिंह भारती ने. वही भरत सिंह भारती, जो आकाषवाणी के जरिये बिहारवासियों के दिलों में राज करते थे.  अपने समूह के साथ खुद तबला बजाते हुए जब पुरबिया तान साधते थे तो हजारों की भींड़ घंटों बेसुध होकर जमी रहती थी-

     


    गीत - 1

    दाना मुरगी दाना दे, पीपरी पराना दे


    दाना मुरगी दाना दे, पीपरी पराना दे
    जेकरा मे गोटी परे, से चले भाग रे...
    दाना मुरगी दाना दे...
    छप्पर पर तो मोर नाचे, उपर बोले कउवा
    बाग-बगइचा लइकन खेले, गुल्ली डंडा लउवा
    दाना मुरगी दाना दे...
    अगल-बगल में लत्ता, बीच में कलक्टर
    खेत जोत के बोझा लेले, आइल रे कंडक्टर
    काना मुरगी खाना दे, बडका खाना दाना दे
    जेकरा में गोटी परे, से चले भाग रे
    दाना मुरगी दाना दे...
    ओका-बोका तीन तडोका
    लउआ लाठी काठी
    बना नहा के बारा एगो
    आइल चल के हाथी.
    हाथी मुरगी पानी दे
    बारा हाथी दानी दे
    जेकरा में गोटी पडे, से चले भाग रे...
    दाना मुरगी दाना दे...
    तार काटो तरकुल काटो, काटो रे बनखाजा
    हांथी घोडा कर के आये, रानी बिंदिया राजा
    रोली-रोली गोली दे, आरती के होली दे
    जेकरा में गोटी पडे, से चले भाग रे
    दाना मुरगी दाना दे... 


    गीत - 2

    हौले हौले डोलिया उठाव रे कहंरवा

    हौले हौले डोलिया उठाव रे कहंरवा
    मोरा पिया के नगरिया बा दूर
    कथी के रे डोलिया, कथी के रे ओहरवा
    कथीये में लागल बाटे नूर
    अरे कवन-कवन भइया, चारी गो कहंरिया
    जे डोलिया उठावे मषहूर
    मोरे पिया के नगरिया बा दूर
    हौले-हौले...
    सोनवा के डोलिया सुरत के ओहरवा
    रूपवे में लागल बाटे नूर
    अरे काम क्रोध मद मोह कहंरिया
    जे डोलिया उठावे मषहूर
    मोरा पिया के नगरिया बा दूर...
    हौले-हौले...
    नाही मोरा लूर ढंग, बानी नीरबुधिया
    नाही मोरा कवनो सहूर
    अरे पिया निरमोहिया, दरद नही जाने
    कइनी कवन रे कसूर
    मोरा पिया के नगरिया बा दूर...
    हौले-हौले...
    सात समंदर पार बाटे मोरे पिया
    जेकरा न तनिको गरूर
    अरे भारती जगतवा में, सबके नचावे माया
    पिया के करेला जी हुजूर
    मोरा पिया के नगरिया बा दूर, हौले-हौले...


    गीत - 3

    सुनो रे आली बलमा को ले गये थानेदार...

    अरे ले गये थानेदार
    ले गये थानेदार
    सुनो रे आली बलमा को ले गये थानेदार
    ले गये थानेदार हो ले गये थानेदार
    सुनो रे आली, बालम को ले गये थानेदार
    प्रेम मुखिया सबद सिपाही
    डाकी बने चैकीदार
    एक सौ सात मे नाव लिखावे, दफा तीन सौ चार
    स्ुानो रे आली बलमा को ले गये थानेदार
    भाई बंधु सब घेरे बइठे, बाहर कुटुंब परिवार
    थ्पियवा क ेले गये मुसकी चढा के
    न गाली न मार
    सुनो रे आली बलमा को...
    काम क्रोध मद लोभ सिपाही-2
    बांधे तेज तलवार
    अरे हित-मित सबउ उठत बइठत
    कोउ न छोडावनहार
    सुनो रे आली... 
    अरे ले गये थानेदार हो...
    दास कबीर उतार धरी कपडा
    तनिको न किया विचार
    पियवा को हो गये कालापानी
    केकरा पर करीं सिंगार
    सुनो रे आली...


    गीत - 4

    पियवा गइले रे चोरिया

    सुतलों में रहनीं ए रामा...
    सुतलों में रहनी ए रामा
    पियवा संगे रे सेजिया
    सपना में देखनीं ए रामा
    पियवा गइले रे चोरिया
    हम त़ इ जनिती ए रामा
    पियवा जइहें रे चोरिया
    अथी बांध बंधती ए रामा
    रेषम के रे डोरिया
    सपना में देखनीं...
    रेषम के डोरिया ए रामा
    टूटी फूटी रे जइहें
    प्रेम के रे बंधनवा
    जइहें संगे रे सथवा
    स्पना में देखनीं...
    ज्ेने जेने पियवा रे गइले
    बगिया लगवले
    अंतरे अंतरवे ए रामा
    केला नरियर गछिया
    सपना में देखनीं...


    गीत - 5

    अहे सुन हे सजनी

    स्ुातलों में रहनीं खाटी
    देखनी सपनवा राती
    अहे सुन हे सजनी
    सपना में सइयां पतिया भेजेला ए राम
    उठली चिहाई निंदिया
    गिरली हमार बिंदिया
    अहे सुन हे सजनी
    पुरूब से सइयां पतिया सइयां भेजेला ए राम
    सइयां कलकतिया भेजेला ए राम
    पतिया बचत मोरा
    फाटे करेजवा कोरा
    अहे सुन हे सजनी
    बिरह के सइयां पतिया भेजेला ए राम
    निनिया ना आवे मोर
    चिहुंकी के होला भोर
    अहे सुन हे सजनी
    पतिया के बतिया दिलवा सालेला ए राम
    सुतलों में रहनी खाटी...


    गीत - 6

    डरवा लागेला हो अकेला...

    सिर पर मटुकिया लिहले
    आहे हाथ में गेरूलिया धइले
    चली गइले जमुना के तीर हो
    अकेला डर मोहा लागेला अकेला
    डरवा लागेला अकेला
    बांह मोरा धई लिहले
    कहला पर गारी दिहले
    धई क ेले गइले कुंजबन भीतर
    अकेला डर मोहे लागेला अकेला
    डरवा लागेला अकेला
    बांह मोरा छोडी दिन्हा
    क्हीलें तो मानिलें ना
    बिहने आइबी बडा भोरा हो अकेला
    डर मोहे लागेला अकेला
    डरवा लागेला अकेला...
    बिहने से हम अइनीं
    रतिया बितायी दिहनीं
    बढनी मारेली अइसन चाल हो
    अकेला डर मोहे लागेला अकेला
    डरवा लागेला अकेला...


    गीत - 7

    महलिया ए ननदी घुसल बा चोर

    घुसल बा चोर
    महलिया ए ननदी घुसल बा चोर
    घुसल बा चोर ननदी
    घुसल बा चोर
    महलिया ए ननदी घुसल बा चोर
    सबहीं ओसरवा में सबहीं अटारी
    सबहीं अंटरिया से झांके दुआरी
    घुर घुर के देखेला लहंगा पटोर
    महलिया ए ननदी घुसल बा चोर
    महलिया ए ननदी...
    ना लूटे सोना या ना लूटे चानी
    घुस के महलिया में करे मनमानी
    गते गते पकडेला अंगुरी के पोर
    महलिया ए ननदी घुसल बा चोर
    रंग महलिया में सुतल रहनीं
    धीरे से जगावल चहनीं
    अचके में पकडेला अंचरा के कोर
    ननदिया घुसल बा चोर
    महलिया ए ननदी घुसल बा चोर...
    चढके पलंगिया पर डोलिया डोलावे
    हमरी नजर में नजरिया मिलावे
    ना जननीं ए ननदी हवें भइया तोर
    महलिया ए ननदी घुसल बा चोर


    गीत - 8

    बोअनी में चीनवा ए रामा...

    बोअनी में चीनवा ए रामा
    हरिनवा चरी रे जाय
    पानी के पियासल हरिना
    जमुनवा दहि रे जाय
    रहिया बटोहिया ए रामा
    लगबे मोरा रे भइया
    एही बाटे देखनीं ए रामा
    हरिनवा मोरा रे जाय
    पानी के पिआसल हरिना
    जमुनवा दहि रे जाय...
    देखनीं में देखनीं ए रामा
    मायापुर बाजार
    हाथ गोड बान्हले ए रामा
    बहेलिया ल ेले रे जाय
    पानी के पिआसल हरिना...
    जांघ तोरा फाटेउ बहेलिया
    देहिया लागे रे घुनवा
    एही रे उमिरिया बहेलिया
    सेजरिया कइले रे सुनवा
    पानी के पिआसल हरिना...
    कटबो में चंदन गछिया
    चितवा रे रचइबो
    पिया ले के सती रे होइबे
    जमुना जी के तीरवा
    पानी के पिआसल... 


    गीत - 9

    अंगुरी में डंसले बिया नगिनिया...

    जियत बानी, जियल अनेर बाटे
    भइली जिनिगिया पहाड
    अइसनें बेदरदी से जोडली सनेहिया
    कि भइले जिनिगिया बेकार...

    अंगुरी में डंसले बिया नगिनिया हे,
    रे ननदी दियरा जला द
    दियरा जला द, भइया के जगा द
    नसे-नसे उठेला लहरिया हे, ननदी दियरा जरा द
    पटना सहरिया से बइदा बुला द
    पोरे-पोरे उठेला दरदिया हे, ननदी दियरा जरा द
    एक त सतावे मोरा नागिन के डंसलका
    दूसरे सतावेला जवनिया हे, ननदी दीयरा जरा द
    कहत महेंदर ननदी भइया के बोला द
    उनही से उतरी इ लहरिया रे, हे ननदी दियरा जराई द
    अंगुरी में डंसले बिया नगिनिया हे, ननदी दियरा...


    गीत - 10

    बताव चांद केकरा से कहां मिले जाल

    बताव चांद केकरा से कहां मिले जाल
    अहो बताव चांद, ना-ना बताव चांद
    केकरा से कहां मिले जाल
    गरजे बदरिया, चमके बिजुरिया
    बहकि-बहकि के बहेले बयरिया
    केहू ना देखेले तोहरा के ए चांद
    जात तनी ना अलसाल
    बताव चांद, केकरा से कहां मिले जाल
    केकरा सुरतिया पर भइल दिवाना
    केकरा बिनो चांद रहलो ना जाला
    के इ सुघर बा तोहरा से अधिका
    केकरा खातिर अकुलाल
    बताव चांद केकरा से कहां मिले जाल
    केकरा सुरतिया के कइल अंजोरिया
    जइसे भरल जल ढरके गगरिया
    गते-गते, चूपे-चूपे जाल डगरिया
    अरे आठो पहर मुसका ल
    बताव चांद केकरा से कहां मिले जाल
    एगो तनि चांद मान ई बतिया
    एगो तनि चांद सुनि ल बतिया
    अंखिया झुराइल, झुराइल छतिया
    हमरा के आपन बना ल संघतिया
    अरे जइसे चाहे आजमा ल
    बताव चांद केकरा से कहां मिले जाल


    गीत - 11

    भइले धरमवा के बेरा...

    भइले धरमवा के बेरा
    स्बेरे रउवा जागीं ए बमभोला
    भोरे भिनसारे गउरा षिव के जगावे
    षिव के जगावे हो, षिव के जगावे
    अइले धरमवा के बेरा, सबेरे रउवा जागीं ए बमभोला
    बायें हाथ लेले तिरषुलवा
    दाहिने हाथ भंगवा के गोला
    सबेरे रउवा जागीं ए बमभोला
    भइले धरमवा के बेरा...
    नित उठी भोरे षिव, डमरू बजाने 
    बम-बम छूटे लागल गोला
    सबेरे रउवा जागीं ए बमभोला
    भइले धरमवा के बेरा...
    भूत प्रेत सब नाचन लागे
    हर हर हर नाद होला
    सबेरे रउवा जागीं ए बमभोला
    भइले धरमवा के बेरा...
    बसहा बैल षिव के सोहन लागे
    षिव जी के, गौरा जी के डोला
    सबेरे रउवा जागीं ए बमभोला
    भइले धरमवा के बेरा...
    गंगा तीर पर भीड भइल बा
    संतन लोग के भइल बा झमेला
    सबेरे रउवा जागीं ए बमभोला
    भइले धरमवा के बेरा...


    गीत - 12

    अचरज माया तुम्हारी...

    अचरज माया तुम्हारी ए प्रभु जी
    अचरज माया तुम्हारी
    ब्रहमा मोहे, विश्णु मोहे
    मोहे तीन चक्रधारी
    सनकादिन नारद मुनि मोहे
    दुनिया क्या है विचारी ए प्रभु जी
    अचरज माया तुम्हारी
    जोग करत जोगी मोहे
    बेद पढत पंडित मन मोहे
    भूल गइल बुद्धिचारी ए प्रभुजी
    अचरज माया तुम्हारी
    जिन पर कृपा तुम्हारी
    ओ जन उतरे पार
    ब्रहमणंद षरण में आयो
    लियो मुझे उबारी
    अचरज माया तुम्हारी


    ad- shoot

    ad- shoot